नया गायकन ला मौका

भोजपुरी गायकी में नाम कमाए के इच्छा राखे वाला गायक गायिका लोग से निहोरा बा कि अपना गावल गीत के एमपीथ्री (MP3) में बना के अँजोरिया पर डाले ला भेजीं. एह काम में पइसा त ना मिली बाकिर अगर राउर गवनई लोग के पसंद आ गइल त प्रचार आ लोकप्रियता मिली आ हो सकेला कि कवनो फिलिम भा म्यूजिक एलबम बनावे वाली कंपनी रउरो के मौका दे देव.

हमार इमेल पता ह anjoria@outlook.com

रउरा सब से एगो निहोरा

नेट पर भोजपुरी गीत गवनई छितराइल बा. ओकर लिंक एक जगहा बिटोरल सभका ला नीक रही. एहसे अगर रउरा यू ट्यूब पर मौजूद कवनो वीडियो के लिंक एहिजा जुड़वावल चाहतानी त लिख भेजीं. राउर आग्रह वाला गीत जब जुड़ी त ओकरा साथे राउरो नाम दिहल जाई.

हँ, ओह गीत का बारे में अधिका से अधिका जानकारी दे सकीं त अउर बढ़िया. जइसे कि के गवले बा, संगीत केकर ह, फिल्मी ह कि गैर फिल्मी, फिल्मी ह त कवना फिलिम के गीत ह वगैरह वगैरह.